मोर गउवां हेरात बा :
न पोखरी न घोघा न सुतुही देखात बा
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा
का भइल बोदर कहां गइल बउलिया
बोले न चोंय चांय का भइल ढेंकुलिया
उड़ति बा धूरि अउर खेती सुखात बा
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा
कोड़ी का कोन गइल ढोअत बा ईंटा
गइल कुबेर घाट अभ ऊ पढ़ी का गीता
चउवा न चाकर अकेल्ले चरन रेघात बा
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा
घरे में बब्लू ढूकल त पटिदारी में मुन्ना
देखा दादा प चढ़ि गइल पापा क चुन्ना
मखड़ू न लउकै न कहीं पल्टू देखात बा
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा
मनइन के खाज हो गइल कुकुरन के खउरा
चट्टी के राज हो गइल सुन्न भइल चउरा
उज्जर ऊ ढाठि के अन्हमुन्हरे चोन्हात बा
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा
तउला तवा गइल त डेहरी मोखा गइल
गगरा अउर बटुली ठठेरा जोखा गइल
अन्हार भइल डहरि अंजोरिया डेरात बl......
तनी तनी रोज मोर गउवां हेरात बा